का देखेला अइसे हँस के?
जान लेबऽ का कोरा में कस के?
का देखेला अइसे हँस के?
जान लेबऽ का कोरा में कस के?
प्यार में पागल बानी, पगले रहे द
ए धनी हो, अँचरे से बाँधल दिल बा, बँधले रहे द

छोड़ा पिया, मनवा डरे, धक-धक धड़कन करे
धीरे-धीरे रफतार दिल के बढ़े
दिल बा दीवाना, मचल जाए द
अँखिया के जादू तनी चल जाए द
आज के रतिया, रानी, जगले रहे द
ए धनी हो, अँचरे से बाँधल दिल बा, बँधले रहे द
ए धनी हो, अँचरे से बाँधल दिल बा, बँधले रहे द
ई कवन जादू कइला, हमरा के काबू कइला
साँस में हमार तू समइला
हम तोहार सूरज, तू चाँद हऊ हो
तू ही त करेजा, हमर जान हऊ हो
नेहिया बा लागल, एकरा लागले रहे द