आटा साने गईलु त गील कई दिहलु 
एहो पानी भरे गईलु त खरडी छलईलु 
अरे आटा साने गईलु त गील कई दिहलु 
एहो पानी भरे गईलु त खरडी छलईलु 
आ डललु ना दाल में फोरनवा 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
डललु ना दूध में जोरनवा 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
अरे डललु ना दाल में फोरनवा 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
एहो डललु ना दूध में जोरनवा 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
गईलु बनावे भात खिचड़ी कई दिहलु 
चटनी में नून नाही चीनी ध दिहलु 
गईलु बनावे भात खिचड़ी कई दिहलु 
चटनी में नून नाही चीनी ध दिहलु 
अरे दोसर घरे रहतु त सास गरीयइती 
मार बेलना मार बलेना गोर सरी यइती 
ससुर कबो देखेना अंगनवा 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
अरे खइले बनावल तोर भोजनवा 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
अरे डललु ना दाल में फोरनवा 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
एहो डललु ना दूध में जोरनवा 
रहे काहां धेयनवा ए गोरी 
सब्जी बनावे गईलु रह गईल काचे 
अलुआ दबवला प थरिया में नाचे 
सब्जी बनावे गईलु रह गईल काचे 
अलुआ दबवला प थरिया में नाचे 
अरे हमरा से काँहे बाड़ू मुह तू फूलवले 
आ हम कँहा कुछू कईनी जे बाड़ू सतवले 
माफ कद घरे चल धनिया 
पलंगिया प गोड़वा दबाइ देब हो 
माफ कद लेल तू बचनीया सजनिया 
टेलवा लगाई देब हो 
ए धनिया गोड़वा दबाइ देब हो 
सजनिया टेलवा लगाई देब हो 
माफ कद घरे चल धनिया 
पलंगिया प गोड़वा दबाइ देब हो 
माफ कद लेल तू बचनीया सजनिया 
टेलवा लगाई देब हो