menu-iconlogo
huatong
huatong
avatar

Godiya Me Hoihe Balakwa Original Music.

ARVIND.ABHISHEK.SACHIN.huatong
.Sαƈԋιɳ♥️Bhai.huatong
Lirik
Rekaman
छठी माई के घटवा पs

आजन बाजन बाजा बजवाईब हो

छठी माई के घटवा पs

आजन बाजन बाजा बजवाईब हो

गोदिया में होईहे बलकवा तs

अरघ देवे आईब हो

एक ही ललन बिना छछनेला मनवा

सुनसान लागे हमरो घरवा अँगनवा

पूरी जहिया दिलवा के लालसा तs

जलसा कराईब हो

पूरी जहिया दिलवा के लालसा तs

जलसा कराईब हो

गोदिया में होईहे बलकवा तs

कोशी भरवाईब हो

मनवा में आस लेके रोवेले बँझिनिया

कहिया बसईबू छठी माई हमरो दुनिया

अईसन सुनर फल पाईब तs

सुरुज गोहराईब हो

अईसन सुनर फल पाईब तs

सुरुज गोहराईब हो

अरुण पवन के बोलाईब

गीतिया गवाईब हो

छठी माई के घटवा पs

आजन बाजन बाजा बजवाईब हो

छठी माई के घटवा पs

आजन बाजन बाजा बजवाईब हो

गोदिया में होईहे बलकवा तs

अरघ देवे आईब हो

Selengkapnya dari ARVIND.ABHISHEK.SACHIN.

Lihat semualogo