menu-iconlogo
huatong
huatong
avatar

Tohra Payal Ke Baaz By Pramod

Pramod Metkar/Pinky Singhhuatong
PramodStar..⭐⭐huatong
Lirik
Rekaman
Album : Deewanapan

Song : Tohra Payal Ke Baaz

Singer : Pramod Metkar, Pinky Singh

तू त एतना ऐ जान खूबसूरत हऊ,

कोई से किनले के छिनले इ मूरत हऊ.

चाँद से भी सुनर तू हऊ सौ गुना,

मनवा अब त मिलनवा के दिन गनेला…

तोहरा पायल के…….

तोहरा पायल के बाज रंगबाज़ हो,

आवाज़ से मिजाज बनेला……

तोहरा पायल के बाज रंगबाज़ हो,

आवाज़ से मिजाज बनेला……

ओठवा से चुये तोहार मधवा मिश्रिया,

किरिया खियाल कही साँच हो,

हिरनी नियन चाल देख के इ मनवा,

घिरनी नियन जाला नाच हो…..

पिया कातिल…ह…

पिया कातिल तोहार दुनो नैना,

बड़ा ही दगाबाज़ लागेला,

जब तू हस हस के बोलेल बोलिया,

बोली में बड़ा राज़ लागेला..

जब देलू तू हँस नसे नस तनेला…

तोहरा पायल के…….

तोहरा पायल के बाज रंगबाज़ हो,

आवाज़ से मिजाज बनेला……

तोहरा पायल के बाज रंगबाज़ हो,

आवाज़ से मिजाज बनेला……

रूप सुघराई के मोल नाही बाटे,

बड़ी अनमोल बाडू चीज हो,

केहू के परे ना तोहपे टोनही नजरिया

बहिया में बान्ह ल ताबीज हो…

पिया छम-छम… हो……

पिया छम छम छमकेला पैजनिया,

जवानिया हिलोर मारेला,

देख बाजे कमर में करधनिया,

मिलेके मन जोर मारेला….

जहिया मिल जालू होली दीवाली मनेला…

तोहरा पायल के…….

तोहरा पायल के बाज रंगबाज़ हो,

आवाज़ से मिजाज बनेला……

तोहरा पायल के बाज रंगबाज़ हो,

आवाज़ से मिजाज बनेला……

Selengkapnya dari Pramod Metkar/Pinky Singh

Lihat semualogo

Kamu Mungkin Menyukai