
Chunariya
F- एह पार जीव रोवे
ओह पार नईया
F- जल्दी बोलावs अपना
पास हमार सईया
M- एक तs समईया गईल
दूजे तोहसे गलती रे भईल
M- एक तs समईया गईल
दूजे तोहसे गलती रे भईल
M- अरे सजनी रे
तीसरे चुनरिया तोहार
मईल ऐ राम
M- अरे सजनी रे
तीसरे चुनरिया तोहार
मईल ऐ राम
M- बचपन बितवलू तू तs
खेल के नदानी मे
M- हमके भुलाई गईलू
जोश आ जवानी मे
F- मेरे सईया...
शरण तेरी...
F- सुनो अरजी...
प्रभु मेरी...
M- कबो नाही कईलू कहल
मनवा मे दुविधा रहल
M- कबो नाही कईलू कहल
मनवा मे दुविधा रहल
M- अरे सजनी रे
काम नाही आई गोड़वा
धईल ऐ राम
M- अरे सजनी रे
तीसरे चुनरिया तोहार
मईल ऐ राम
M- कुछ नाही होई अब तs
रोवला से रानी
M- पाप के गठरिया तोहार
कहता कहानी
F- मेरे राजा...
रहम करना...
F- शरण अपनी...
मुझे रखना...
M- लाख चौरासी योनी
तबो फेरु जनम होनी
M- लाख चौरासी योनी
तबो फेरु जनम होनी
M- अरे सजनी रे
चली ना बहाना कवनो
कईल ऐ राम
M- अरे सजनी रे
तीसरे चुनरिया तोहार
मईल ऐ राम