menu-iconlogo
logo

Baghwa Kahar

logo
가사
F- ऐ जी हई का करतानी

F- हई बताई जगत दुलारी जी

दुवार पर आ गईल बानी

F- आ रउवा अभी तक तईयारे ना भईनी

M- सभ तईयारी हो गईल बा धन

छोट जन करा मन

M- अरे कलशा ले आ देनी

ले आ देनी दियरिया

M- नौ दिन पाठ करा

पेन्ही के पियरिया

M- हा हा कलशा ले आ देनी

ले आ देनी दियरिया

M- नौ दिन पाठ करा

पेन्ही के पियरिया

M- निरची रची करेके

सिंगार ऐ रामा...

F- डोलिया से मईया के

उतारा ऐ हिरऊवा पिया

F- खाड़ा बाटे बघवा कहार ऐ रामा

M- फूल अड़हुल लेके

आईल मलिनिया हो

M- बड़ूवे बेताब माई के

पुजेला चरनिया हो

F- अरे और भी चीज लागेला

F- ऐ पिया हो गंगा जी के

पनिया लईहा

F- मड़ूवा दवनिया लईहा

ताने ला चननिया लाईहा हो

M- हा सभ चीज कs देनी

जोगाड़ ऐ रामा...

F- डोलिया से मईया के

उतारा ऐ हिरऊवा पिया

F- खड़ा बाटे बघवा कहार ऐ रामा

M- झारब पउवा गमछा से

होईहे मईया खुश ऐ धनी

M- देव लोक के कमी ना

होखे देब महसूस ऐ धनी

F- अच्छा लास्ट एक और चीज कर देम

M- का

F- ऐ पिया हो नौ गो

कुवारी खियईहा

F- जागरण भारी करईहा

अखिलेश खेसारी बोलईहा हो

M- हा संजय आदर्श बा

तईयार ऐ रामा...

F- डोलिया से मईया के

उतारा ऐ हिरऊवा पिया

F- खड़ा बाटे बघवा कहार ऐ रामा

F- ऐ जी पूजा करावे खातिर

सुलभ बाबा आ गईल बानी

Baghwa Kahar - Khesari Lal Yadav & Priyanka Singh - 가사 & 커버