Dolby Atmos Lossless Music
Music By Vishal Bedardi
--- Start ---
F- पिया खईबs तs खा
ना तs जईबs तs जा
M- अरे
F- नाही रोटी मे
बोटी के मिली माजा
F- घर से बाहर निकलिए तो
M- आ नही निकलेंगे तो
F- ऐ पिया खईबs तs खा
ना तs जईबs तs जा
F- नाही रोटी मे
बोटी के मिली माजा
F- बुझेला नाही लछमिनी हो
काहे ना बुझेला
M- अरे हमरो बतिया सुन रे
F- सुनाव
M- गजबे डरामा कईले
बाड़ू मलकीनी हो
F- कईसन
M- दाली मे निमक दाललू
F- हां
M- सबजी मे चीनी हो
M- दाली मे निमक दाललू
F- जवन मिलता तवन खाई
ना तs जाई
M- अरे कईसे बोलेलू हो
Music By Vishal Bedardi
M- नाही किचेन मे
तोहार ध्यान रहता
M- धनी आधा पाकल
पकवान रहता
M- हई देखा तs अलुआ काचे बा
F- आ दूनो बेरा हम ना
खियाईब ऐ बलम
हई रोटी बेल बेल
M- काहे
F- रखले लगा के बानी
मारे खातिर बेलना मे
सरसो के तेल
M- आही दादा
F- झारेला ढेर सवखिनी हो
बनबा हीरो
M- आ तू विलेन
M- गजबे डरामा कईले
बाड़ू मलकीनी हो
F- अरे
M- दाली मे निमक दाललू
सबजी मे चीनी हो
दाली मे निमक दाललू
M- सब्जिया मीठ काहे बा
Music By Vishal Bedardi
M- आपन पति के सेवा
इयाद कहा बा
M- हई भुजिया आचार पs
सलाद कहा बा
M- खिरवा केने बा
F- लेई के दहेज
कईले बाड़ा मैरेज
तनी होस मे रहा
M- अच्छा
F- हमरा के छोड़ कल्लू
जाके प्रियांशु
आशुतोष मे रहा
M- बाक
F- लेनी हम तोहरा के किनी हो
M- अब ज्यादा नईखे होत
M- गजबे डरामा कईले
बाड़ू मलकीनी हो
दाली मे निमक दाललू
F- अच्छा
M- सबजी मे चीनी हो
दाली मे निमक दाललू
F- हम डरामा करतानी की रउवा
M- ना हम्ही करतानी देवी जी