menu-iconlogo
logo

Na Kawano Hatt Na Bajariya Se Hola

logo
Lirik
M:-हवे प्यार पूजा ,

हवे प्यार ईश्वर

ई बात केहू ना सोचे विचारे

हमनी के दुश्मन भईल बाटे दुनिया

बिनती बा अब केहू

पत्थर ना मारे

M:-ना कौनो हाट ना

बजरिया से होला

ना कौनो हाट ना

बजरिया से होला

उमरिया के रोग हs

नजरिया से होला

F:-ना कौनो हाट ना

बजरिया से होला

उमरिया के रोग हs

नजरिया से होला

M:~कहाँ कौनो जात पात पुछेला जिआरा

कहाँ कौनो जात पात पुछेला जिआरा

सनेहिया सिंगार हs

सवरिया से होला

F:-ना कौनो हाट ना

बजरिया से होला

उमरिया के रोग हs

नजरिया से होला

उमरिया के रोग हs

नजरिया से होला

M:-देहिया हमार हक दार बा सितम के

इनका के मत मारs जा..

मार दs जा हम के

देहिया हमार हक दार बा सितम के

इनका के मत मारs जा

मार दs जा हम के

F:-ई फैसला ना

कटरिया से होला

ई फैसला..ना.. कटरिया से होला

उमरिया के रोग ह नजरिया से होला

M:~ना कौनो हाट.. ना बजरिया से होला

उमरिया के रोग हs नजरिया से होला

M:-एक ओरिया खून बहे

एक ओरिया लोर हो

काहे सभे क लिहले बा

करेजा कठोर हो

एक ओरिया खून बहे

एक ओरिया लोर हो

काहे सभे क लिहले बा

करेजा कठोर हो

इश्क़ के ईलाज नाही

जहरिया से होला

इश्क़ के ईलाज नाही जहरिया से होला

उमरिया के रोग हs नजरिया से होला

F:-ना कौनो हाट ना

बजरिया से होला

उमरिया के रोग हs

नजरिया से होला

M:~उमरिया के रोग हs

Na Kawano Hatt Na Bajariya Se Hola oleh Pawan Singh/Kalpana - Lirik dan Liputan