हम तो खेलत रहनी अम्मा जी के गोदिया
करी गइले तबही बियाह रे, बिदेसिया
छवरे महीना कही के गइले कलकतवा
बीत गइले १२ बरीस रे, बिदेसिया
अब तो लगल मोरा सोरहवाँ, लोगवा नजर लगावे ला
अब हम कइसे चलीं डगरिया, लोगवा नजर लगावे ला
अब हम कइसे चलीं डगरिया, लोगवा नजर लगावे ला
पूरब देस गइल मोरे सइयाँ, बइठ गइल बिसराए
पूरब देस गइल मोरे सइयाँ, बइठ गइल बिसराए
ओ, रैन अन्हिरया टिप-टिप, रिस-रिस जिया रिसाए
झर-झर सब बतियावे ला
अब हम कइसे चलीं डगरिया, लोगवा नजर लगावे ला
अब हम कइसे चलीं डगरिया, लोगवा नजर लगावे ला
बाग बगइचा महुआ फूले, अमवा जब मदराए
ओ, पापी पपिहा गोलिया मारे, जियरा मोरा जराए
मन मोरा डूबत जाला ना
नदिया जइसे चढ़े उमिरिया, लोगवा नजर लगावे ला
अब हम कइसे चलीं डगरिया, लोगवा नजर लगावे ला
अब त हमरा पीछे लगले लोगवा कई हजार
अब त हमरा पीछे लगले लोगवा कई हजार
ओ, हमरे कारन सबके हमारे बाँटे के तइयार
अइसन सब धुन पावेला
एक दिन चली सोनाता भा ल, लोगवा नजर लगावे ला
अब हम कइसे चलीं डगरिया, लोगवा नजर लगावे ला