menu-iconlogo
huatong
huatong
avatar

Udd jaibu ye main for female

Kalpana/Alok Kumarhuatong
𓆩༢࿔ྀુ♈?JAICKY♈𓊗༢࿔ྀુ𓆪huatong
Paroles
Enregistrements
ना जाने का हो गईल बाटे आज

सर से चुनरिया सरकेला

अंखिया मिलावे में लगेला लाज

धक से करेजवा धड़केला

मन में मिलनवा के चाहत जगाके

झूठे प्रीतिया के स घर तू बनाईके

उड़ जईबू ए मैना

दिलवा में घर तू बनाईके

उड़ जईबू ए मैना

उड़ जईबू मैना, हो उड़ जईबू मैना

उड़ जईबू मैना, हो उड़ जईबू मैना

नेहिया के,

नेहिया के रंगवा चढ़ाईके

उड़ जईबू ए मैना

नेहिया के रंगवा चढ़ाईके

उड़ जईबू ए मैना

[संगीत]

निंदिया हेराईल भुलाईल बा चैना

नैना भईल दगाबाज हो

लागेला अब त करेजवा पे हमरा

करे लागल केहू राज हो

चार ही दिनवा के होखे अंजोरिया

फिर त अमावस के रात हो

हमरा तो आईल समझ में ई बतिया

दिलवा के नईखे बुझात हो

खोता के,

खोता के खडहर बनाईके

उड़ जईबू ए मैना

खोता के खडहर बनाईके

उड़ जईबू ए मैना

[संगीत]

बदलल बा अब त ई मनवा के मौसम

दुनिया लागे हसीन हो

रहिया चलिले त हमके बुझाला

चलत जईसे ज़मीन हो

आज तू बाडू तू आसरा धरा के

एक दिन हो जईबू दूर हो

शीशा के जईसे दिलवा बेचारा

हो जाई चकना-चूर हो

हमरो,

हमरो करेजा छछनाई के

उड़ जईबू ए मैना

हमरो करेजा छछनाई के

उड़ जईबू ए मैना

Davantage de Kalpana/Alok Kumar

Voir toutlogo

Vous Pourriez Aimer